Last modified on 1 अक्टूबर 2013, at 14:24

अब आराम करे दऽ / प्रभुनाथ सिंह

बहुत भइल काम
अब आराम करे दऽ।
बहुत भइल नाम
अब गुमनाम रहे दऽ।
रहल ना रिस्ता,
काम का नाम से।
हो रहल बा नाम,
सगरे बदनाम के।
उसकावऽ मत
अतीत के दिया में,
जरत इयाद के बाती
जइसे जरताऽ जरे दऽ।
जब तक बरऽता, बरे दऽ।
अब आराम करे दऽ।
भलाई करके,
कवन पइबऽ सम्मान ?
अब युगल रहल ना,
जे मानी केहू एहसान ;
सब कुछ बन गइल व्यवसाय,
बिक रहल बा इन्सान,
सेवा, धरम, ईमान,
पद, पदारथ आ इनाम ;
हम हताश नइखीं,
बस, हिम्मत नइखे।
बुद्धिजीवी के जीव,
यदि कुछ कहे के चाहत बा,
त कहे दऽ।
सिआही छिरिक के,
यदि मरे के चाहत बा,
त मरे दऽ।
अब आराम करे दऽ।।