भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

कहीं रोजे जशन मिल के मनावल जा रहल बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

कहीं रोजे जशन मिल के मनावल जा रहल बा
कहीं अछरंग झूठे भी लगावल जा रहल बा

नशा में चूर पद-धन के, फँसा के जाल में अब
सही इन्सान जेलन में पठावल जा रहल बा

रहल बा दोस्ती में त्याग-अपनापल जरूरी
मगर अब दाँव पर दोस्तो चढ़ावल जा रहल बा

बिना मतलब खबर कोई कहाँ लेता, बताईं
जरूरत से गला तक ले लगावल जा रहल बा

बनल व्यवसाय न्यायालय में जा दीहल गवाही
कसम खा, झूठ के साँचो बनावल जा रहल बा

नया गीतन के बढ़ते जा रहल बा रोज फैशन
कोइल के छोड़ कउआ से गवावल जा रहल बा