भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

खुड़पेड़िया / जलज कुमार अनुपम

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

सड़क पर सब केहू द उड़े
खुड़पेड़िया समय बचावेले
सांप नीहर ई छिलबिल छिलबिल
सबका मन के भावेले
उबड़ खाबड़ ऊँच नीच
जीवन हमनी के सिखावेले
मंजिल पर बिन समय गँववले
ई सभका के पँहुचावेले।
लालच बढ़ल अ इसन
डरेर बनत गइल छोट
मिट गइल खुड़पेड़िया