भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

गाँव के भोर / बैद्यनाथ पाण्डेय 'कोमल'

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

नभ के तलइया में पूरबी कगरिया पर
खिलले कमल एक लाल।
धरती के मंगिया में सेनुरा चमकि उठल,
फूलवा पतइयन के बगिया लहसि उठल,
घसिया के फुनुगी पर सीतिया के पनिया में
बिछि गइले मोतियन के जाल।
चिरई-चुरुँग सब खोंतवा से उडि़ गइले,
नभ के अगनवाँ में छुआ-छुई खेला खेले,
पूरबी छितिजवा पर धरती-गगनवाँ में
भर पेट मचले गुलाल।
सूतले गुलबवा रे पलक उठा के जागल,
भँवरा निदरदा रे घूरि-घूरि चूमे लागल,
सबके छजनियाँ पर सोनवाँ चमकि उठल।
हँसले जवान-बूढ़-बाल।
घुसि फुलवरिया में डोलेला पवनवाँ रे,
छिपि बँसवरिया में बोलेला पवनवाँ रे,
अमवा बिरिछिया से कोइलि कुहुकि उठे
हवा पर झूला झूले डाल।
गाँव के किसान सब चलले बधरिया रे,
हरवा-बरध लेके धइले डगरिया रे,
लहसत खेतवा के अरिया प घूमि-घूमि
भइले रे किसनवाँ निहाल।
घर-घर घूमि-घूमि गोरिया गोइँठवा ले,
चल अइली घरवा में अगिया-चिनिगिया ले,
अगिया जोराई गइले, गांव के गोयेंड़वा रे
धुँअवाँ के परदा कमाल।
लडि़का गदेला सब गइले छवरिया पर,
जमि गइल दोला-पांती निमिया बिरिछिया पर,
दउरे अकेले कोई नीचवा धरतिया पर
अउरी बइठे डाले-डाल।
गइया भंइसिया के दूधवा चुराई गइले,
पडि़या-बछरू सब कूदि-कूदि आई गइले,
दूधवा दूहत बेरा घांय-घोंय-गरगों के
भरि गइले सबद रसाल।
नभ के तलइया में पूरबी कगरिया पर
खिलले कमल एक लाल।