भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

चलऽ मिलजुल के / सतीश मिश्रा

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

मट्टिआ के सोनवाँ बनावे हो रामा चलऽ मिलजुल के

हाथ पर हाथ रख बड़ी दिन जीली
अति अति पीर दरद अति पीली
अँखिआ के लोरवा सुखावे हो रामा चलऽ मिलजुल के

देखिते-देखित कत्ते बढ़ल झमेला
जने ताकऽ तने लउके अगिन के मेला
अगिआ के लपट बुतावे हो रामा चलऽ मिलजुल के

बैर-फूट पोस-पाल का हम पाएम
खाली हाथे अइली हे, खाली हाथे जाएम
चार दिन के जिनगी जुड़ावे हो रामा चलऽ मिलजुल के

मिल के कमाएम, मिल-जुल खाएम
मिलजुल धरती पर सरग ले आएम
सब भेद-भाव के भुलावे हो रामा चलऽ मिलजुल के
मट्टिआ के सोनवाँ बनावे हो रामा चलऽ मिलजुल के