भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

जेकर जड़ ऊपर अकाश में / स्वामी विमलानन्द सरस्वती

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

जेकर जड़ ऊपर अकाश में-
डाढ़ि पुलुंगिया फइलल नीचे,
वेद विदित पत्ता अनमोल,
सघन सुखद छाया में जेकरा-
कायम बा भूगोल खगोल।
ओही ज्ञान-बिरिछा का नीचे,
बोधि ज्ञान के जोति मिलल।
जेकर मनवाँ बुड़की मरलस,
गइल छीर सागर का भीतर-
पियलसि ऊ अमरित क घरिया
ओकरे रतन भेंटाइल।।

आखिर पिपरे बोध करवलस
गउतम जी के डहरि भेंटाइल,
भइल अंजोर हिया मंदिरवा-
लउकि गइल गहगह फुलवारी।।

सुरसति के दरवार बिचितर
ओइसन चट लिखवइया,
सुघर कलमिया कलप बिरिछ के
सातो सागर बनल दोआत,
धरती अइसन कागज लमहर
तबहूँ ना उजिआइल
बोधि बिरिछ के कथा लिखे में
उनको हाथ दुखाइल।
आखिर कलम धराइल।
बउध देव भगवान,
उनकर कथा अपार
के कर सके वखान ?
कवि का करे कगदही भइया
ओकर कहाँ खेमाटा ?
बसी बनल आदत का अपना
गोदना गोद रहल बा।