भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए
जे बा दीहले रतन, बबुआ करिह जतन / राधामोहन चौबे 'अंजन'
Kavita Kosh से
जे बा दीहले रतन, बबुआ करिह जतन ; ई ह सोना ना माँटी मिलावे होई।
अइसन अनमोल धन, पवल मानुष के तन ; कर्ज बाटे त मन से चुकावे होई।।
कहि के आपन भुला गइल सपना के धन ; कहियो अचके हेराई, खुली जब नयन।
केहू के सिरिजल चमन, चमके झिलमिल सुमन ; आन्ही-तूफान सबसे बँचावे होई।।
चारि दिन के झमेला बा, मेला हवे ; नइख बूझत मदारी के खेला हवे।
केतना बाटे जलन, केतना बाटे तपन ; नेह-नाता ना कवनो लगावे होई।।
देख जागल बा जे, जे बा उधिया गइल ; केहू धइले ना बाटे जे बा पा गइल।
रचि के ‘अंजन’ नयन, जे बा पवले घुटन ; देखि दरपन सुरतिया लगावे होई।।