नाव-नदी संयोग भइल बा
कइसन-कइसन लोग भइल बा
जबले पड़ल जरूरत उनका
भर मतलब उपयोग भइल बा
जब मिलला के चाह रहल तब
टारे के उतजोग भइल बा
कटके भाग बाड़े, जइसे
कवनो छुतिहा रोग भइल बा
मतलब के बाजार गरम बा
लक्ष्य सभत्तर भोग भइल बा
नाव-नदी संयोग भइल बा
कइसन-कइसन लोग भइल बा
जबले पड़ल जरूरत उनका
भर मतलब उपयोग भइल बा
जब मिलला के चाह रहल तब
टारे के उतजोग भइल बा
कटके भाग बाड़े, जइसे
कवनो छुतिहा रोग भइल बा
मतलब के बाजार गरम बा
लक्ष्य सभत्तर भोग भइल बा