भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बापू के अन्तिम दर्शन / प्रसिद्ध नारायण सिंह

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

दुखियन के तन-मन-प्रान चलल।
जब तीस जनवरी जाति रहलि, सुक के संझा मुसुकाति रहलि।
दिल्ली में भंगी बस्ती के, धरती मन में अगराति रहलि॥
जन-जन पूजा-मयदान चलल ॥1॥
तनिकी बापू के देरि भइलि, पूजा में अधिक अबेरि भइलि।
अकुलाइलि आँखि हजारनि गो बिछि राह बीच बहुबेरि गइलि॥
तब भक्तन के भगवान चलल ॥2॥
बाजि पाँच सुई कुछ घूमि चललि, बदरी जय लाली चूमि चललि।
तब छितिज-छोर से बिपति-नटी, जग-रंगमंच पर झूमि चललि॥
बनि साधु तहाँ सइतान चलल ॥3॥
चुप चरन मंच का ओर चलल, नंगा फकीर चितचोर चलल।
पूजा का सान्ति-सरोवर में, छन में आनन्द-हिलोर चलल॥
अनमोल मधुर मुसुकान चलल ॥4॥
नतिनिन पर दूनों हाथ रहल, चप्पल में दूनों लात रहल।
धपधप धोती, चमचम चसमा, चद्दर में लिपटल गात रहल॥
हरिपद में लागल ध्यान चलल ॥5॥
पग पहिला सीढ़ी पार चलल, तबले नाथू हतिआर चलल।
पापी का नीच नमस्ते पर, बापू के प्यार-दुलार चलल॥
बनि लाल नील असमान चलल ॥6॥
जुटि हाथ गइल अभिवादन में, उठि माथ गइल अह्लादन में।
अपना छाती के बजर बना जमदूत बढ़ल आगे छन में॥
पिस्टल के साधि निसान चलल ॥7॥
मन राम नाम में लीन रहल, तन सीढ़ी पर आसीन रहल।
मन-मंदिर में बलिबेदी पर, बलि-बकरा बधिक-अधीन रहल॥
कहि राम, सरग में प्रान चलल ॥8॥
जननी के जीवन लाल चलल, दुखियन के दीन-दयाल चलल।
थर-थर-थर धरती काँपि उठलि, भारत-भीतर भुँइचाल चलल॥
जन-जन पर बिस के बान चलल ॥9॥
जग जेकर प्रेम-समाज रहल, बिन ताज सदा सिरताज रहल।
मुठ्ठी-भर हड्डी में जेकर, कोटिन के लिपटल लाज रहल॥
सब के मन के अरमान चलल ॥10॥
ऊ एक अकेल अनन्त रहल, ऊ आदि रहल उ अन्त रहल।
सिख, हिन्दू, मुसलिम, ईसाई, अल्ला, ईसा, भगवन्त रहल॥
सब के संगम असथान चलल ॥11॥