भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

भुइंडोल / विनय राय ‘बबुरंग’

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

कइले बा जिनगी हमार डवांडोल रे।
ए काका। कहवां से आइल भुइंडोल रे॥

पनफल जिनिगिया ई अइसन खोटाइल -
केतनो हम सीचलीं ई नहियें फुलाइल
जनलीं का बखरा में मिलिहें भकोल रे,
ए काका कहवां से आइल भुइंडोल रे॥

खाई जाला बीचही में चले जब कोटा
देखऽ उठावेला ई कोठवे पर कोठा
कथनी आ करनी क खुललि ई पोल रे,
ए काका कहवां से आइल भुइंडोल रे॥

मिलति बा लेइ आवs मुरुगी आ बकरी
जोड़ले जब सुदिया त छूटेला हंफरी
आइल समाजवाद पीटेला ढोल रे,
ए काका! कहवां से आइल भुइंडोल रे॥

केतनो हम कइलीं बिकसवा क खेतिया
तबहूं कुंवारि रही गइली घर बिटिया
टूटलि कमरिया धइ लिहलीं खटोल रे,
ए काका कहवां से आइल भुइंडोल रे॥

जाति अउरी पंतिया क बहेला बयरिया -
जीयहूं न देला ई बिगारेला डहरिया -
अल्ला हो अकबर हर बम बोल रे,
ए काका! कहवां से आइल भुइंडोल रे॥

कइसे निकाली हम कंठ से कजरिया
सूझे नाहीं जाई हम केवनी डहरिया
घूमत बैताल बाटे देखऽ टोल-टोल रे,
ए काका! कहवां से आइल भुइंडोल रे॥

जबले ना बदली ई नरक जमनवां
तबले न साफ होई घर के अगनवां
अपने हाथे अपने तूं तकदीर खोल रे,
ए काका! कहवां से आइल भुइंडोल रे॥