Last modified on 21 अक्टूबर 2013, at 14:51

माया के नगरिया में लागल बा बजरिया / महेन्द्र मिश्र

माया के नगरिया में लागल बा बजरिया ऐ सोहागिन सुनऽ।
चीझवा बिकाला अनमोल ए सोहगिन सुनऽ।
कवनो सखी घूमि-फिरि मोरेली नजरिया ए सोहागिन सुनऽ।
कवनो सखी रोवे मनवाँ मार ए सोहागिन सुनऽ