रोंआ-रोंआ खुशिया समाइल ए रामा, पिया घरे अइले।
मध दुपहरिया के तपल बटोहिया
पनिया से जइसे अघाइल ए रामा, पिया घरे अइले।
सपनो में देखीं अँकवरिया बलमु के
आजु मोरा हियरा जुडाइल ए रामा, पिया घरे अइले।
सिहरेला अंग-अंग खिलि गइले जोबना
पोरे-पोरे रस भरि आइल ए रामा, पिया घरे अइले।