भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

सेंटीमेंटल ब्लैकमेलिंग / मनोज भावुक

Kavita Kosh से
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

केतना नाजुक होला
भावुकता के क्षण।
आदमी उगिल देला सब
लइका लेखा।
कवनो कसाई मन
ओमे से
उचिला लेला अपना मतलब के बात।
साइत एही के कहल जाला
सेंटीमेंटल ब्लैकमेलिंग।