Last modified on 30 सितम्बर 2013, at 20:30

भोर / बच्चन पाठक 'सलिल'

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 20:30, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=बच्चन पाठक 'सलिल' |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

दक्खिन से आइल ई हउवा कॅुवरकी
गत्तर-गत्तर गुदरा जाले ;
लहर उढे झीलवा में जइसे
नयकी धियवा अगरा जाले।
कुंजन के लिलरा पर शबनम के बिंदिया
देखि-देखि कोइलरि चिहाइ ;
उगल किरिनिया पहाड़ी पर पहुँचल,
सोना के आँचर फहराइ।
कइसे वताईं कतना उठल बा,
रूप के समुन्दर हिलोर ?
डतरल बा सीखे सरग ई एहिजा,
कि आइल पहाड़िन पर भोर ?