Last modified on 30 सितम्बर 2013, at 21:00

नजरिया के बतिया नजरिया से कहि द / दिनेश 'भ्रमर'

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:00, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=दिनेश 'भ्रमर' |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKC...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

नजरिया के बतिया नजरिया से कहि द
ना चमके सोनहुला किरनिया से कहि द

नयन में सवनवाँ बनल बाटे पाहुन
सनेसवा जमुनिया बदरिया से कहि द

लिलारे चनरमा के टिकुली बा चमचम
लुका जाय कतहूँ अन्हरिया से कहि द

न आवेले सब दिन सुहागिन ई रतिया
तनी कोहनाइल उमिरिया से कहि द

नयन के पोखरिया भइल बाटे लबलब
ना छलके भरलकी गगरिया से कहि द