Last modified on 1 अक्टूबर 2013, at 12:22

झूमर / भोलानाथ गहमरी

अनिल जनविजय (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 12:22, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=भोलानाथ गहमरी |संग्रह= }} {{KKCatGeet}} {{KKCatBhoj...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

डोले चइत-बइसखवा पवन,
हंसि मारे अगिनिया के बान…..
धरती के जैसे ढरकलि उमिरिया,
तार-तार हो गइली धानी चुनरिया,
कुम्हला गइल फूलगेनवा बदन…..
दिनवा त दिनवा विकल करे रतिया,
चांदनी के छन-छन जस लागे छातिया,
कांपेला भोरहीं सुरुज से गगन…….
तलवा-तलैया के जियरा लुटाइल,
केकरो विरह नदिया दुबराइल,
पंछी पियासा के तड़पेला मन…..