जान हमरा पर आपन निसार का करी
बश में दोसरा के रहिके करार का करी
हियरा हहरत रही, मनवा डहकत रही,
जेके परदेश पिय ऊ सिंगार का करी
तरसे बदरा नियर ई नयन रात-दिन,
लाख अइबे करी त सुखार का करी
जेकरा दिल में लागल आग बिरहा के बा
ओके पावस के बरखा बहार का करी
पाती पढ़-पढ़के छाती जरे रात-दिन
रोज ढ़रकत नयनवा के धार का करी
जवन सोना रहे सगरो माटी भइल
केतनो गढ़वइब नौलखा हार का करी
हम त मर गइलीं बस तोहरा मुसकान पर
तीर-तलवार-भाला-कटार का करी
नाव मँझधार में फंस गइल ‘भास्कर’
जे सहारा ना देब, त पार का करी