Last modified on 23 अक्टूबर 2013, at 16:13

जहिया से पिया मोरा तेजलें भवनवाँ से सपनवाँ भइलें ना / महेन्द्र मिश्र

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 16:13, 23 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=महेन्द्र मिश्र |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

जहिया से पिया मोरा तेजलें भवनवाँ से सपनवाँ भइलें ना।
रस भरल बचनवाँ से सपनवाँ भइलेंना।
एक मन करे राम साथे लागि जइतीं से दोसर मनवाँ ना।
पियऊँ देतें दरसनवाँ से सपनवाँ भइलेंना।
बिरहा के अगिया में भइली बिरहिनियाँ से भवनवाँ लागे ना।
जइसे जरत अँगनवा हो भवनवाँ लागे ना।
अब ना रहब राजा तोहरी महलिया हो ननदिया बोलिया ना।
महेन्दर सालेला बदनवाँ हो ननदिया बोलिया ना।