Last modified on 30 मार्च 2018, at 22:09

जमाना कईसन हए / रामविलास

Rahul Shivay (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:09, 30 मार्च 2018 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामविलास |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatKavita}...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

सेन्ह पर गरज रहल हए चोर, जमाना कइसन हए ?
करइअ कहूँ न कोई सर, जमाना कइसन हए ?

जहां सुनाबे दर्द हुलसके जाइत रहलन,
उहे थाना से हए गंठजोर, जमाना कइसन हए ?

कउआ गीध चिल्होर प्रतिस्ठा के पद पर हए,
भरइअ पानी सुग्गा मोर, जमाना कइसन हए ?

लास पर कक्कर चढ़के कोन कहाँ आगू बढ़ जाए,
मचल हए इहे बात के होर, जमाना कइसन हए ?

अन्हरा के कन्हा पर लंगरा जमके बइठल,
पकरके सत्ता के हर डोर, जमाना कइसन हए ?

त्याग तपस्या प्रतिभा सब बेकार बात हए,
जमल हए कुर्सी पर मुँहजोर, जमाना कइसन हए ?

पालतू भेलाक भालू बाघ सगर जंगल खाली हए,
आदमीए हए आदमखोर, जमाना कइसन हए ?