Last modified on 15 जून 2020, at 13:22

घर / जलज कुमार अनुपम

Jalaj Mishra (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:22, 15 जून 2020 का अवतरण

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

सबका जीये के ठेकाना हऽ
सबकर खजाना हऽ
आसरा हऽ, कमाई हऽ
पीढ़ी दर पीढ़ी के परछाई हऽ
आपन पहचान हऽ
ईमान हऽ, स्वाभिमान हऽ
सुन्दर जीवन के अरमान हऽ
जीवन के गीत हऽ
सपना हऽ, सुन्दर प्रीत हऽ
जनम से लेके मरन तक के सफर हऽ
अपना-आपन सपना के कसर ह
प्रेम एकर बुनियाद हऽ
बिसवास एकर खाम्हा
आचरन एकरा के बनावेला लामा
आपस के समझदारी टाटी हऽ
त्याग आ समरपन के भाव
एकर छान्ही अउरी बाती हऽ
महल अटारी घर ना हऽ
घर साधन हऽ, साधना हऽ प्रेम हऽ
पूजा हऽ, प्राथना हऽ ।