Last modified on 2 फ़रवरी 2015, at 10:11

समय बताई / विनय राय ‘बबुरंग’

जिनिगी में का हमके मीलल हवा बहल चउवाई रे।
सांच कहीं त इहे मीलल जइसन रहल कमाई रे।।

ई रंग-बिरंगी हउवे दुनियां जइसन बुद्धि ओइसन कुइयां
मतलब बा त भाई बनावे अइसन पाठ पढ़ावे गुइयां
नाहीं सही किनारा मीलल केहर बलम हम जाईं रे
सांच कहीं त इहे मीलल जइसन रहल कमाई रे।।

के आपन ह के ह पराया भइया एके समय बताई
अइसन रोग समाइल मन में सवारथ क बा कवन दवाई
इहे मीलल संस्कार बा अब का कहल जाई रे
सांच कहीं त इहे मीलल जइसन रहल कमाई रे।।

के अइसन बा दूध क धोवल तनिकी हमें बताई जी
जेहरे देखलीं ओहरे पवलीं सभ में दोस समाई जी
सगरो हमें बुराई मिलल अब सहल ना जाई रे
सांच कहीं त इहे मीलल जइसन रहल कमाई रे।।

इहे हाल रही त कइसे राम-राज क दिन आई
जबले बुझी ना नफरत दिल से रामराज कबहूं ना आई
अइन आगि हवा में मिलल मढ़ई-महल जराई रे
सांच कहीं त इहे मीलल जइसन रहल कमाई रे।।