Last modified on 15 जून 2020, at 13:20

कठपुतरी / जलज कुमार अनुपम

कुहुकत-कुहुकत कब ले आखिर
कठुआइल ई समय कटाई !
कब ले आखिर गावल जाई
कबले आखिर रोअल जाई
कठपुतरी बन जीयल जाई
ना-ना भाई, अब ना भाई !
हाथ हाथ के दूरी तोड़
हुकुम बजावल अब त छोड़
गर के पगहा अब तोड़
कठपुतरी में जान जियावे
अब आपन पहचान बनावे
गोड़ टिकावे खातिर धरती
उड़ े बदे असमान बनावे !