Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 13:31

कहवाँ हीं हरदी उपजि गइले / भोजपुरी

कहवाँ हीं हरदी उपजि गइले, कहवाँ पसरि गइले हे।
हे भेड़िहारी ही हरदी उपजि गइले, लेछमीपुर पसरि गइले हे।
कहवाँ के राजावा उमड़ि गइले, हरदी बेसाही लिहले हे
ए भेड़िहारी के राजावा बेसाही लेले, हरदी बेसाही ले ले हे।