Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 19:45

केकर रध आवे झाँप-झँपाहुर / भोजपुरी

 
केकर रध आवे झाँप-झँपाहुर, केकर रथ आवे खेह उड़िआइल?
केकर रथ आवे पानी के पियासल, आ गे माई, छुरियन कुँइयवा कोड़ावे।।१।।
कुँइयवा के पनिया निरमल काया, सरवर गइले भुराई।
गांगी रे जमुनी देवी मोरे, पड़ी गइली बलुरेत, पानी बिनु मरल पियासे।।२।।
काली के रथ आवे झाँप-झाँपहुर, दुरुगा के रथ आवे खेह उड़िआइल।
दुरुगा के रथ आवे पानी के पिआसल, आ गे माई, छुरियन कुँइयाँ कोड़ावें।।३।।
कुँइयवा के पनिया निरमल काया, सरवर गहले बढ़िआई।
गांगी रे जमुनी देखी मोर, उछिलत, अइले, काया मोर गइले ठंढ़ाई।।४।।