Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 13:21

केनारी से अइले लवंग बनिया / भोजपुरी

केनारी से अइले लवंग बनिया, अउरो जायफर बनिया हे;
केनारी से अइले छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले रे।।१।।
हाँ रे, पूरुब से अइले लवंग बनिया, आउरो जायफर बनिया हे;
पछिमे से अइले छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले हे।।२।।
कहवाँ बइठइबों लवंग बनिया, आउरो जायफर बनिया हे;
हाँ रे, कहवाँ बइठइबों छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले हे।।३।।
हाँ रे, दुअरे बइठइबों लवंग बनिया, अँगने जायफर बनिया हे;
हाँ रे, मड़वे बइठइबों छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले हे।।४।।
हाँ रे, केथिए खिअइबों छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले हे।।५।।
हाँ रे, दाल-भात खिअइबों लवंग बनिया, अउरी जायफर बनिया हे;
हाँ रे, खोउवे खिअइबों छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले हे।।६।।
हाँ रे, केथिए समोधबों लवंग बनिया, केथिए जायफर बनिया हे;
हाँ रे, केथिए समोधबों छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले हे।।७।।
हाँ रे, तेलवे समोधबों लवंग बनिया, बुकवे जायफर बनिया हे;
हाँ रे, बेदने समोधबों छतरधरिया, छतर लिहले ठाढ़ भइले हे।।८।।