अइसन ई पास आइल, सावन मासे आफत आइल।
नाहीं गवलें कजरी बसावन ए भाई जी।।
धानवां त बहि गइले, रहरिया गलि गइले
गंगाजी में उठल अस उफान ए भाई जी।।
भइले समुन्दर जसऽ सगरो सिवनवां हो
देइब कइसे खेत क लगान ए भाई जी।।
घुसरल पलनियां में गंगाजी क पनिया हो
बहि गइले कुल्हिी अरमान ए भाई जी।।
ओहरत क नइया आइल टोपी वाला भइया आइल।
कगजे पर उठल अस मकान ए भाई जी।।
लेले बानी सरन आजु दूसरे क डिहवा पर
देखीं कहिया उठी छपर-छान ए भाई जी।।
जरला पर नून अस रासन बंटाइल हमे
करेलन सुन्दर केतना कल्यान ए भाई जी।।
रउवे बताईं कइसे जिनिगी जियल जाई।
बिना भोजन बाची नाहीं जान ए भाई जी।।