Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 13:34

चारु खम्हवा गड़िह ए बाबा / भोजपुरी

चारु खम्हवा गड़िह ए बाबा, चारि जे कोनवाँ;
मानिक खम्हवाँ गड़िह ए बाबा, बेदिया का बीचे।।१।।
चारि कलसा धरिह ए बाबा, चारि जे कोनवाँ
मानिक कलसा धरिह ए बाबा, बेदिया का बीचे।।२।।
चारु दिअना धरिह ए बाबा, चारि जे कोनवाँ
मानिक दिअना धरिह ए बाबा, बेदिया का बीचे।।३।।
फूल छितरइह ए बाबा, चारिउ कोने
मानिक फूलवा धरिह ए बाबा, बेदिया का बीचे; ऊपरे भवँरा गुँजारे।।४।।