Last modified on 20 मई 2015, at 17:23

चाहीले अपने साँसि में / मोती बी.ए.

चाहीले अपने साँसि में हम उनके बान्हि लेईं
चाहीले अपने आँखि में हम उनके आँजि लेईं
घेरे लगे अन्हरिया लउके न जब किनारा
चाही ले अपने प्रान में हम उनके राखि लेईं
जब ऊ रहेलें मन में एइसन बुझाय हमरीं
परबत के लाँघि जाई सागर के थाहि लेईं
उनके बिना ई दुनिया हमके मसान लागे
चाही ले एकरे देहि में हम जान डारि देईं
जो ऊ बनल रहे आ सेवा में हम रहीं जो
चाहीले अपने मिटि के उनके सँवारि लेईं
08.02.94