Last modified on 1 अक्टूबर 2013, at 12:22

झूमर / भोलानाथ गहमरी

डोले चइत-बइसखवा पवन,
हंसि मारे अगिनिया के बान…..
धरती के जैसे ढरकलि उमिरिया,
तार-तार हो गइली धानी चुनरिया,
कुम्हला गइल फूलगेनवा बदन…..
दिनवा त दिनवा विकल करे रतिया,
चांदनी के छन-छन जस लागे छातिया,
कांपेला भोरहीं सुरुज से गगन…….
तलवा-तलैया के जियरा लुटाइल,
केकरो विरह नदिया दुबराइल,
पंछी पियासा के तड़पेला मन…..