Last modified on 12 मार्च 2019, at 14:28

तू सुन्दर बिहान लागेलू / हरेश्वर राय

तोहके सुन्दर बनवले भगवान
पूनम के तू चान लागेलू,
रंग देहियाँ के सोना समान
तू सुन्दर बिहान लागेलू I

सेउआ सरीखा कपोल लाले-लाले
सुन्दर मस्त नयन मतवाले,
ओठवा तहार रस खान
तू मेनका समान लागेलू I

खीरा के बिया सरीखा दांत पाँती
गरवा तहार बा सुराही के भाँती,
मीठ बोलिया लवाही समान
खुदा के बरदान लागेलू I

तहरा के देखी भँवरा बउराला
सुन्दर फूल समझि मेंड़राला,
झूठ जायसी के नायिका बखान
बसंत के उठान लागेलू I