Last modified on 16 मई 2018, at 18:51

नाई बहार / 7 / भिखारी ठाकुर

प्रसंग:

मृत्यु के शमशान घाट से लेकर पूरे कर्मकाण्ड में नाई का महत्त्वपूर्ण स्थान है, किन्तु उसकी मजदूरी अपेक्षाकृत नगण्य है, जिसके लिए नाई जाति को दुःख है।

चौपाई

गिरल पसेना छूटल मइल। रोज मजूरी कतिना भइल॥
माई-बेटा के सब जग-सेवा। जेकरा पूजत त्रिदेवा॥
से असथापन कइलन नाउ। तेकर नइखरे तनीको भाउ॥
पूजत बारन चारो बरन। से नाउ का नइखे शरन॥
मिलत बाटे दुगो पइसा। भइल पंच के मरजी जइसा॥
जजमनिका के नाउ रेल। देखीं बाबू करम के खेल॥
पवने चार गज मरदानी। पनहा ओछ गजा पाँच जनानी॥
काने लाग के कइलन सीख। दू गो पइसा मिलल भीख॥
अब कइसे कुल-पूज कहाला। काहांवां खोजी चन्दन-माला।
कहे 'भिखारी' धर-के ध्यान। नइखे तन में विद्या-ज्ञान।