Last modified on 30 जून 2013, at 14:29

बहुत कुछ कहाइल / पाण्डेय कपिल

बहुत कुछ कहाइल,बहुत कुछ लिखाइल
मगर बात मन के कबो न ओराइल

लिखाइल भले बात हिरदय से अपना
मगर ऊ लिखलका कबो न पढ़ाइल

हमरा देक्ज के ऊ नज़र फेर लिहले
पहुँचली जबे हम उहाँ पर धधाइल

बताईं ना, कइसे ऊ मन से हटाईं
सहज रूप उनकर जे मन में समाइल

कहाँ बाटे फुर्सत की सोचत करीं हम
इहाँ रोजी-रोटी के दँवरी नधाइल.