Last modified on 20 मई 2015, at 16:56

बेकार चीजु / मोती बी.ए.

अपने ड्राइंग रूम के सफाई करिह
झरिह बहरिह
ऊ बहरनवा
हमरे अँगना में फेंकि दीह
ऊहे हमार सम्पति होई।

जिनिगी भर ईहे त तू कइल
तू मुअला के जिया दिहल
हे परोपकारी देव
हमरे लगे साफ करे के कुछ हइये नइखे
जवन कुछ रहबो कईल
तोहके ओढ़ा पहिरा के
हम नंगा हो गईलीं
सगरो बेकार चीजु
हमरे लगे भेजि दीह
ओसे हम आपन बेकारी काटबि
चाट तू खइह
हम तोहार पत्तल चाटबि।
31.01.92