Last modified on 24 दिसम्बर 2013, at 13:06

भइया नरवे-ही-नवरे पुकरेलीं / भोजपुरी

भइया नरवे-ही-नवरे पुकरेलीं, त भइया नाहीं आवेले रे।।१।।
बहिनि हमरो तो कुछुओ के सक नइखे, कथिए लेके आइब रे।।२।।
भइया घुँघटहीं त धइलीं लेउअवा, उहे लेके अइह नु ए।।३।।
बहिनि हमरो त कुछुओ के सक नइखे, कथिए लेके आइब रे।।४।।
भइया राहे-बाटे सींकड़ा बटोरिह, उहे लेके अइह नु ए।।५।।