Last modified on 23 जनवरी 2018, at 22:25

सजन बिन / सरोज सिंह

सजन बिन रतिया, खूब सतावे हमके
बनके छबि अन्हरवा, भरमावे हमके
रतिया मा रही-रही निनिया उचीक जाले
झिन्गुरवा उनका नामे,गोहरावे हमके
अब के सवनवा, ऊ अइहें जरुर एही आसे
मन के मोरवा बिन बरखा, नचावे हमके
ओरी से बहल बयार, देके सनेस उनकर
छुआ के उनकर नेहिया, सोहरावे हमके
बरखा, धरती अउर असमान के संसर्ग हवे
देखा के ई प्रीत,बुनिया रोज़ जरावे हमके
मन मत कर थोर आ जईहें सजन तोर
कोठवा पs बईठल काग समुझावे हमके