Last modified on 20 मई 2015, at 17:13

हमरे मन में / मोती बी.ए.

हमरे मन में दुका भइल बाटे
चोर कवनो लुका गइल बाटै
कुछ चोरइबो करी त का पाई
दर्द से दिल भरल पुरल बाटे
आँखि के लोरि गिर रहल ढर ढर
फूल कवनो कहीं झरल बाटे
सुधा ढरकि गइल त का बिगड़ल
हमके पीए के जब गरल बाटे
दर्द दिल के मिटे के जब नइखे
चोर झुठहू लगल - बझल बाटे
09.08.93