Last modified on 29 सितम्बर 2013, at 17:12

बगुला भगत / रामदेव द्विवेदी ‘अलमस्त’

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 17:12, 29 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रामदेव द्विवेदी ‘अलमस्त’ |अनुवा...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

चलले बकुलत सिकार खेले भारी।।
‘अब त मछरियो ना भाखन कहनी हमारी।’
ऊँचे तखत पर आसन जमवले
पाँख लागल मात करे चमकत कटारी।।
चलले.....
‘जय हो मछरियन के, सबकर उदय हो,
तनकी ले अउरी घुसुक आईं आरी।
पूर्बिज का पापे हम हईं बरहमाचारी।।
चलले.....
भगत का भेख पर मछरी मोहइली
जेकरा पर छोह करे जनता वो नारी।
भगत जी अपना हवाई जहाज पर
ले गइलन बहुतन के सरगे दुआरी।।
चलले.....
हाल सदाबरत के केंकड़ा बहादुर
समुझि पिजा लिहले सिउँठा दुधारी
‘हमरा से मामा नाराज काहे भइनी
रउरे चरन लागल नेहिया हमारी।।
चलले.....
मामा दुलार से कान्हें चढ़वले
भगिना परेम से चला दिहलें आरी।
चलले बकुलउ सिकार खेले भारी।।
चलले.....