Last modified on 30 सितम्बर 2013, at 15:16

अन्न घुनाइल खाँखरा, फटक उड़ावे सूप / अनिरूद्ध

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:16, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=अनिरूद्ध |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatDoha}} ...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

अन्न घुनाइल खाँखरा, फटक उड़ावे सूप।
अवगुन कौड़ा तब मिटे, बनीं सूप अनुरूप।।

सोना-सोना जे रटे, निनिआ भइल हराम।
मेहनत मोती जे लुटे, सुख से करे अराम।।

सदा सतावे दीन के, धनी अउर सउकार।
धन-बूता सोभे जहाँ, दया-छमा-उपकार।।

बरे बदन बाती हँसे, सिर दे करे अँजोर।
मेघ संभु धरती जहर, दिया पिये तम घोर।।

सँपरे कारज ना सधे, आलस रोग असाध।
फिकिर देह के घून बा, करतब वैद बेआध।।

जिनगी सोना जब तपे, चमके अउर सजोर।
मउअत अगिया से डरे, बचल कहाँ ऊ लोग।।

दुख-सुख जउँआ पूत बा, दू बा नदी किनार।
सूखे ना जिनगी सरित, साहस धार पिआर।।