Last modified on 30 सितम्बर 2013, at 15:20

किरन जीत गइल / रमेशचन्द्र झा

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:20, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=रमेशचन्द्र झा |अनुवादक= |संग्रह= }} {...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

जिनगी के एक लहर बीत गइल
हार गइल घोर अंधकार, किरन जीत गइल।
बदल गइल रंग, आज रंग असमान के,
निखर गइल रूप, रूप साँझ के, बिहान के,
सिहर गइल तार, हर सितार का बितान के,
आग भइल चिनगी से, साध जुगल जिनगी के
बिखर गइल हर सपना, अधरन से गीत गइल। जिनगी....

बदल गइल परिभाषा आज शूल-फूल के,
रूप आसमान चढ़ल बाग का बबूल के,
परती ना पहिचाने धरती का धूल के,
आर-पार आँगन के, महक उठल चन्दन के,
आपन परतीत गइल, सपना बन मीत गइल। जिनगी....

निखर उठी रूप नया-माटी का दे हके,
भाग नया जाग उठी-खेत के सरेह के,
धरती पर समदरसी दिया जरी ने हके,
आपन बनके थाती, लहकी मुरझल बाती,
जोत नया जाग रहल, परस नया प्रीत गइल। जिनगी....