Last modified on 30 सितम्बर 2013, at 15:26

अकाल / जितराम पाठक

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:26, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=जितराम पाठक |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

खेत के मुआर छिलातिया
जइसे छुरा से
कपार के बार छिलाला,
पइनि-अहरा-नहर
नेता लोग के बात लेखा
खाली बा
अकाल के उदन्त भँइसा
चरि गइल फसल,
किसान हाथ भींजता,
अब बेटी के गवना के नियार
फेरे के परी,
पेटो खातिर
कवनो साहू-हाकिम के
उटकेरे के परी,
धिया के लुगरी
अबकी अगहने झाँवर हो जाई,
ओकर सोनहुला रंग
अवरु साँवर हो जाई
दियरी के बाती,
छठि के अघरौटा
बिसुखि गइल
राकस नियन मुँह बवले
महँगी के काल आइल बा
अनेरे लोग कहता कि अकाल आइल बा।