भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

बहे लोर संग कजरा / योगेन्द्र नाथ शर्मा

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 19:26, 30 सितम्बर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=योगेन्द्र नाथ शर्मा |अनुवादक= |सं...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

खुलल आँख, सपना सब टूटल, फूट गइल रस-गगरी,
भरल-पुरल जग में उजाड़ अगसरुआ मन के नगरी !
पाँव जथारथ के धरती पर लागल थर-थर काँपे,
के अपना सुख के अँजुरी से अनका दुख के नापे,
जब-जब भोर भइल चाहल भा किरिन तनिक मुसुकाइल
अवचक माथा पर आ धमकल घोर जमुनिया बदरी !
फूट गइल रस-गगरी !

लाख जतन के बाद न पूरल सोचल मन के बतिया,
उज्जर दिन करतब के करिखा, हो जाला करिआ,
साँझ लुटा के सरबस जोहेला बिहान के रसता
कबले बान्हीं तोख देख के हम माटी के दिअरी ?
फूट गइल रस-गगरी !

कोख फुलाइल ना रेती के करखा मारे नदिया,
धाँती से कुछ दूर दूभ से अकवन पूछे गतिया,
मउसम के संग दिन बदलेला, दिन के संग ई दुनिया
सुबुकि हवा धीरे से बोलल-’सब दू दिन के रगरी’ !
फूट गइल रस-गगरी !

सवन, अगहन रास न आइल, झोंकल जेठ अडोरा,
बिन पिआर घुमल ई जिनगी रितु के कोरा-कोरा,
सोनजुही-गेना-गुलाब पर हँस फुलाइल सरसों-
देखि कचोटल जिअरा, माँगल-हरदी लीपल पिअरी ।
फूट गइल रस-गगरी !

माड बहोरे रोज सुहागिन, रोज उठावे अँचरा,
बसिआ फूल बटोरे केहू, बहे लोर संग कजरा,
इहे लेख विधना के केहू थपड़ी पारे, गावे,
केहू आपन भाग निहारे ए दुअरी-ओ दुअरी ।
फूट गइल रस-गगरी !