भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

हम खोज रहल बानी / ब्रजभूषण मिश्र

Kavita Kosh से
Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 18:03, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=ब्रजभूषण मिश्र |अनुवादक= |संग्रह= }...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

हम खोज रहल बानी
कविता !
भरल बा हमार पेट,
आ पेन्हले बानी हम
नयका कुरता
बइठल बानी नयका कोठी में।
बाकिर,
कविता त सुखाइल,
पेट-पीठ एक भइल
आदमी
जेकरा माथ पर
बजरत-ढहत आसमान बा,
गोरतर खरकटल जमीन बाटे,
के लगे बइठल बीआ।