Last modified on 1 अक्टूबर 2013, at 20:30

क्रान्ति / लाल बिहारी

Mani Gupta (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 20:30, 1 अक्टूबर 2013 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=लाल बिहारी |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatKav...' के साथ नया पन्ना बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

दिन रात से हलचल हलचल,
मन में रहे ना शांति।
अचके में का कहीं रे भाई,
फइलल सगरो क्रांति।।
जन-जन घुमल गली-गली में
अउर चउक-चउराहा।
मौसम के मिजाज अगिआइल
फइलल सगरो क्रांति।।
आइल उबाल दबकल जिनिगी में
गोरन के ठनकल माथा।
मोटरी बान्ह परइले सभनी
अइसन पसरल क्रांति।।