Last modified on 30 मार्च 2015, at 11:59

मौसम मुताबिक जहाँ आचरन बा / सूर्यदेव पाठक 'पराग'

सशुल्क योगदानकर्ता ३ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 11:59, 30 मार्च 2015 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सूर्यदेव पाठक 'पराग' |संग्रह= }} {{KKCatBho...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

मौसम मुताबिक जहाँ आचरन बा
जीवन सुखी शान बा ज्ञान-धन बा

लाखे कमाके भरे सब तिजोरी
संतोष नाहीं त सुखवो सपन बा

जे-जे गरीबी में जिनगी बितवले
मुरझा रहल उनका मन के चमन बा

तूफान में रह कबो जे ना टूटे
ऊ धीर, ऊ वीर, ऊ नर-रतन बा

बनवास हो या मिले राजगद्दी
हँसले रहल राम के नित बदन बा

बेकार बाटे इहाँ चैन खोजल
जीवन समूचा जहाँ आज रन बा

खुद के खपा के सँवारे जगत के
ओकर ऋणी युग के हर धूल-कण बा