Last modified on 27 मार्च 2020, at 15:03

स्टाईल जानमार बा / सुभाष चंद "रसिया"

सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 15:03, 27 मार्च 2020 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=सुभाष चंद "रसिया" |अनुवादक= |संग्रह...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

कनखी चलाके हमरा के, जनी मार ये गोरी।
स्टाईल जान मार बा, तोहार ये गोरी॥
 
लाल दुपटटा काला चश्मा, दिलके ई तड़पावेला।
हमरा के दीवाना बनावे, नीद ना तनिको आवेला।
प्यार के रोग ई कइसे लागल, हमरा के गोरी॥
स्टाइल जानमार बा, तोहार ये गोरी॥

हाथ मोबाइल साथ में फाइल, पढे लू कालेज में।
स्टाईल में बात करेलु हँसी-हँसी, गोरी तेज में।
जुल्फ तोहार ई नागिन जइसे, लोटे ये गोरी॥
स्टाईल जानमार बा तोहार ये गोरी॥