Last modified on 24 मई 2020, at 21:12

भूख आ मलेरिया / संतोष कुमार

सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:12, 24 मई 2020 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=संतोष कुमार |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCat...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

हाकिम बोलले बाड़न
त ज़रूर
सन्तोषी भूख से ना मरल होई।
मन्त्री जी बोलले होइए
त पक्का बा
सन्तोषी भूख से ना मरल होई।
मुख्यमंत्री जी कहत बानी
त अब एह में कवनो
शक सूबा नइखे कि
सन्तोषी भूख से मरल होई।
बुझात बा इ विपक्ष के चाल ह कि
बदनाम करे के सरकार के।
जल्दिये जांच रिपोर्ट आई
पता चली
संतोषी मलेरिया से मरल बिया
भूख से नाहि।
प्रशासन आ डॉक्टर कबो
झूठ ना बोलेलन?
उ लोग कबो सरकार के
पीठपहानी ना करस?
ईमानदारी से करेलन सेवा
ताकि उनका पोस्टिंग के मिले मेवा!
मलेरिया भूख से बड़का बेमारी ह?

राजनीति में झूठ सबसे बड़का साँच ह!
'विकास' के 'आधार' इहे ह
संतोषी के भूख से भइल मउगत
मलेरिया में बदल जा सकेला।