Last modified on 7 जून 2020, at 13:05

घोघो रानी केतना पानी / जलज कुमार अनुपम

Jalaj Mishra (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 13:05, 7 जून 2020 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार= |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatBaalKavita}} {{KKCatBhojpuriRac...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

घोघो रानी केतना पानी

दिन में दउड़े रात बेचैनी

पइसा ला परेशान जवानी

थकल भुखाइल जिनगी पूछे

घोघो रानी केतना पानी।

 

जब से आइल बा रसायन

तबसे नयकी पीढ़ी भुलाइल

सोआरथ बस सब नाता बाटे

अपनापन नपाता बाटे

खतम भइल सब बात पुरानी

घोघो रानी केतना पानी।

 

बूढ़शाला में बुढ़ऊ गइलें

घर से ऊ बोहिआवल गइलें

अब केकरा से सुनी कहानी

घर से गइली बुढ़िया नानी

घोघो रानी केतना पानी।