भारत की संस्कृति के लिए... भाषा की उन्नति के लिए... साहित्य के प्रसार के लिए

झलके किरिनियां के कोर / विनय राय ‘बबुरंग’

Kavita Kosh से
सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 22:50, 24 जून 2021 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=विनय राय ‘बबुरंग’ |अनुवादक= |संग्...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)
यहाँ जाएँ: भ्रमण, खोज

बड़-बड़ महलियन में, भइल अंजोर में अंजोर।
टुटही मड़इयन में, नाहीं कबो होखेला भोर।

बड़-बड़ होटलवन में, चनवा के ताकेला चकोर
टुटही मड़इयन में, रोटी बिन टपकेला लोर।

बड़-बड़ बंगलवन में, नाचेला तनक-धीन मोर
टुटही मड़इयन में, दुखवा से टूटे पोरे पोर।

बड़-बड़ अफिसवन में, कगज़े पर होला घुड़ दौर
टुटही मड़इयन में, कफन बने अंचरा के छोर।

बड़-बड़ मठीयवन में, होखेला भजनवें में भोर
टुटही मड़इयन में, रोवला क ओर बा न छोर।

बड़-बड़ लहरियन में, लागेला बड़कने क जोर
टुटही मड़इयन में, के पूछे बाड़ऽ केवनी ओर।

बड़-बड़ महलियन में, नाहीं नाची मनवां क मोर
टुटही मड़इयन में, झलके किरिनियां क कोर।।