Last modified on 27 नवम्बर 2022, at 21:23

बर पीपर के छाँव के जइसन बाबूजी / मनोज भावुक

सशुल्क योगदानकर्ता ५ (चर्चा | योगदान) द्वारा परिवर्तित 21:23, 27 नवम्बर 2022 का अवतरण ('{{KKGlobal}} {{KKRachna |रचनाकार=मनोज भावुक |अनुवादक= |संग्रह= }} {{KKCatGee...' के साथ नया पृष्ठ बनाया)

(अंतर) ← पुराना अवतरण | वर्तमान अवतरण (अंतर) | नया अवतरण → (अंतर)

बर पीपर के छाँव के जइसन बाबूजी
हमरा भीतर गाँव के जइसन बाबूजी

छूटल गाँव, छिटाइल लावा भुंजा के,
नेह लुटाइल साथी रे एक दूजा के,
शहर-शहर में जिनिगी छिछिआइल, माँकल
बंजारा जिनिगी, धरती धीकल, तातल
पाँव पिराइल मन थाकल रस्ता में जब
मन के भीतर पाँव के जइसन बाबूजी
दुःख में प्रभु के नांव के जइसन बाबूजी!

बर पीपर के छाँव के जइसन बाबूजी
हमरा भीतर गाँव के जइसन बाबूजी