एक छेव मरले / मोती बी.ए.

एके छेव मरले
गड़हा ना होला
गड़हा होला
छेव पर छेव मरले
एके लाठी
साँप ना मूवे
साँप मूवेला
ताबड़तोड़ लाठी बरिसवले
रसरी के एके घर्रा से
सील पर निसान ना परे
रसरी पर रसरी के घर्रा से
पत्थर पर गहिर निसान परि जाला
जड़ के कवनो
सींगि पोंछि ना होला
जो होखबो करे
त रगड़ खइला से
घिसइला से साफ हो जाला
मूरख, उठु जागु
कवले सूतल रहबे
देहिं से करम ले
मेहनति करबे
कवनो काम करबे
अदिमी हो जइबे
बिना मेहनति के
के अदिमी भइल बा रे
तोके छाँड़ि के।
29.07.92

इस पृष्ठ को बेहतर बनाने में मदद करें!

Keep track of this page and all changes to it.